bhojpurimanthan
This post has been viewed 389 times

बिहार के बोली लगा के जवना पैकेज के घोषणा भईल रहे, ओकर का भईल

बिहार के विशेष राज्य के दर्जा अवुरी विशेष आर्थिक पैकेज के मामला में भाजपा प हमला करत विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव पुछले कि बिहार के बोली लगा के जवन रकम तय भईल रहे उ कब मिली?

पछिला विधानसभा चुनाव के पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर घोषित विशेष पैकेज के बारे में तेजस्वी कहले कि प्रधानमंत्री 70 हज़ार करोड़ से शुरू कईले अवुरी बोली के बढ़ावत सवा लाख करोड़ तक पहुंचा देले, लेकिन आज तक ए सवा लाख करोड़ में से एको नाया बिहार के ना मिलल।

उ कहले कि लोकसभा चुनाव अवुरी विधानसभा चुनाव के प्रचार के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देवे के वादा कईले रहले।

ए मामला में भाजपा के घेरत तेजस्वी पुछले, “भाजपा के लोग बतावे कि प्रधानमंत्री मोदी के वादा के मुताबिक बिहार के विशेष राज्य के दर्जा कब मिली? बिहार के अपमान क के जवन 1 लाख 65 हज़ार (सवा लाख + 40 हज़ार पहिले के) करोड़ के बोली लगावल रहे, ओ पैकेज के का भईल?”

उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के भाजपा के चुनावी घोषणा पत्र के याद दिलावत तेजस्वी कहेल कि सुशील मोदी के बतावे के चाही महागठबंधन के साझा कार्यक्रम प काम कईल कईसन लागता।

तेजस्वी कहले, “सुशील मोदी बतावस कि महागठबंधन के साझा कार्यक्रम प काम करे में कईसन लागता? भाजपा के चुनावी घोषणा पत्र के का भईल?”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *