bhojpurimanthan
This post has been viewed 403 times

बिहार: जदयू विधायक के गाड़ी समेत बम से उड़ा देवे के धमकी

बिहार के बेखौफ हो चुकल अपराधी अब मंत्री आ विधायक तक के नईखन छोड़त। ताज़ा मामला में अपराधी पूर्व परिवहन मंत्री आ खगड़िया जिला में परबत्ता के जदयू विधायक रमानंद सिंह के अपराधी जान से मारे के धमकी देले।

पटना के सरकारी निवासी प आईल एगो फोन कॉल में अपराधी कहले कि उ लोग रमानंद सिंह के गाड़ी में बम लगा के उड़ा दिहे। जानलेवा धमकी मिलला के बाद विधायक पटना के एसएसपी से लिखित शिकायत कईले बाड़े।

मिलल जानकारी के मुताबिक कंकड़बाग में विधायक के आवास प शनिवार के एगो फोन आईल अवुरी फोन के उठावेवाला पुछलस हेलो बोलला के बाद फोन करेवाला से पुछलस कि ‘केकरा से बात करे बा अवुरी के बोलता’, लेकिन फोन करेवाला सवाल के जवाब देवे के बदला सीधा-सीधा विधायक के जान से मारे के धमकी देलस।

ए मामला में पुलिस जांच शुरू क देले बिया अवुरी धमकी देवे वाला के जल्दीए पता लगा लेवे के दावा करतिया।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *