Bhojpurimanthan
This post has been viewed 405 times

कुछ ‘चिरकुट’ आ ‘जमानत जब्त’ नेता बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतारे: कीर्ति आज़ाद

भारतीय जनता पार्टी से निलंबित दरभंगा के सांसद कीर्ति झा आज़ाद शनिवार के बिहार सरकार प जोरदार हमला बोलले अवुरी कहले कि नीतीश सरकार बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतिया जबकि विकास के कवनो काम राज्य में नईखे होखत।

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के वाहवाही लूटे खाती झूठा प्रपंच रचे वाला नेता बतावत कीर्ति कहले कि उ तुरंत-फुरन्त के लोकप्रियता अवुरी वाहवाही लूटे खाती रोज नाया प्रपंच अवुरी प्रचार करत रहेले।

नीतीश कुमार के करीबी अवुरी पछिला बेर कीर्ति आज़ाद के खिलाफ दरभंगा से जदयू के टिकट प लोकसभा चुनाव लड़ेवाला संजय झा के इशारा-इशारा में ‘चिरकुट’ अवुरी ‘जमानत जब्त’ नेता बतावत कहले कि जमीन प कुछ नईखे लेकिन हवा में झूठा प्रचार होखता कि बिहार में विकास हो रहल बा।

कीर्ति कहले कि आज कुछ ‘जमानत जब्त’ नेता प्रचार करतारे कि उ दरभंगा से विमान सेवा शुरू करवावे के प्रयास कईले लेकिन सच त इ बा कि मिथलांचल आ बिहार के बहुत नेता के संगे हम 2014 में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के लगे गइल रहनी अवुरी विमान सेवा शुरू करे के मांग कईले रहनी।

दरभंगा से शुरू होखेवाली यात्री विमान सेवा प सवाल खाड़ा करत कीर्ति आज़ाद कहले कि पटना के अलावे पछिला पांच साल में कतहू एको एयरपोर्ट के नींव ना परल। एको एयरपोर्ट ना शुरू भईल। आज तक दरभंगा से बिहारी के भीतरी खाती एको उड़ान ना शुरू भईल, अयीसना में ढेर के आशा कईल अपना के धोखा दिहल बा।

एकरा से पहिले शुक्रवार के कांग्रेस उदय के दावा करत कीर्ति आज़ाद केंद्र सरकार अवुरी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प निशाना सधले। शुक्रवार के मीडिया के संबोधित करत कीर्ति आजाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ पार्टी के काम करे के तरीका प सवाल उठवले अवुरी पार्टी प दोहरा मापदंड अपनावे के आरोप लगवले।

उ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हरेक आदमी 15 लाख रुपया देवे के वादा कईले रहले, हर साल 2 करोड़ लोग के रोजगार देवे के वादा कईले रहले, लेकिन का भईल ए वादा के? प्रधानमंत्री बने से पहिले अवुरी प्रधानमंत्री बनला के बाद जवन-जवन वादा जनता के कईल गइल, ओकरा में से एको काहें ना पूरा भईल?

कीर्ति पुछले कि कहाँ बा 15 लाख रुपया? कहाँ बा 2 करोड़ रोजगार? बिहार के विशेष राज्य के दर्जा कहाँ बा अवुरी विशेष पैकेज के सवा लाख करोड़ रुपया के का भईल? उ कहले कि जनता सरकार अवुरी पार्टी के जुमलाबाजी से त्रस्त हो गइल बिया अवुरी अब कांग्रेस के उदय होखे वाला बा।

जम्मू कश्मीर अवुरी सीमा पार से होखत गोलीबारी के मुद्दा उठावत कीर्ति कहले कि गृहमंत्री राजनाथ सिंह चार साल से कहतारे कि जम्मू-कश्मीर के स्थिति के जल्दीए ठीक क लिहल जाई, लेकिन सच्चाई त कोसो दूर बिया। हालत त जस के तस बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *