bhojpurimanthan
This post has been viewed 588 times

लोग सरकारी स्कूल में अपना संतान काहें नईखन पढ़ावत,’ शिक्षा विभाग से नीतीश कुमार के सवाल

बिहार के शिक्षा स्तर में आवत गिरावट अवुरी परीक्षा के नतीजा प होखत बवाल के बीच मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षा विभाग से पुछले कि ‘लोग सरकारी स्कूल में अपना लईकन के काहें नईखन पढ़ावत?’

सोमवार के आयोजित मुख्यमंत्री के संवाद कार्यक्रम में नीतीश कुमार राज्य के शिक्षा व्यवस्था में सुधार ले आवे के मकसद से शिक्षा विभाग के कुछ सुझाव देले। नीतीश कुमार कहले कि राज्य के सरकार अवुरी निजी स्कूल के सर्वे खाती एगो कमेटी बनावल जाए जवन कि दुनो प्रकार के स्कूल में शिक्षा के स्तर के जांच करे अवुरी दुनो जगह के शिक्षा प्रणाली के अंतर के बतावे।

नीतीश कुमार कहले कि इ कमेटी इहो बतावे कि राज्य के निजी स्कूल में गरीब परिवार के कतना बच्चा पढ़तारे अवुरी काहें पढ़तारे। मुख्यमंत्री कहले कि राज्य के शिक्षा विभाग के रणनीति समतावादी होखे के चाही अवुरी सभके एक जईसन शिक्षा मिले के चाही।

मुख्यमंत्री कहले कि सरकार के ज़िम्मेदारी बा कि बिहार के हरेक बच्चा के शिक्षा मिले अवुरी ओकरा संगे कवनो प्रकार के भेदभाव मत होखे। शिक्षा विभाग से साफ-साफ शब्द में नीतीश कुमार पुछले कि, ‘राज्य के लोग अपना संतान के सरकारी स्कूल में काहें नईखन पढ़ावल चाहत?’

एकरा से पहिले मुख्यमंत्री राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के उनुका जन्मदिन के बधाई देले अवुरी जल्दी स्वस्थ होखे के कामना कईले। मुख्यमंत्री के बधाई संदेश के जवाब में राबड़ी देवी कहली कि उहो नीतीश कुमार के उमर लंबा होखे के कामना करतारी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *