bhojpurimanthan
This post has been viewed 225 times

नीतीश हिम्मत देखावस अवुरी इस्तीफा देके राज्य में फिर से चुनाव करावस

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी गुरुवार के प्रेसवार्ता क के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सांप्रदायिक सौहार्द ना बिगड़े देवे वाला बयान प हमला बोलले। जीतन मांझी कहले कि जवन लोग सांप्रदायिक सौहार्द बिगाड़े ले नीतीश उनुका संगे बाड़े।

जीतन मांझी कहले कि नीतीश कुमार इस्तीफा देके राज्य में फिर से चुनाव करावस। विशेष राज्य के दर्जा प बोलत मांझी कहले कि जवना तरह से टीडीपी केंद्र के साथ छोड़ देलस ओसहि नीतीश कुमार के हिम्मत देखावे के चाही।

जीतन मांझी ए बीच सुप्रीम कोर्ट के फैसला प नाराजगी जतवले। सुप्रीम कोर्ट के फैसला प जीतन मांझी कहले कि ए फैसला से ए वर्ग के लोग के न्याय मिले में परेशानी होई। उ कहले कि पहीले एससी-एसटी मामला में केस करी प गैर जमानती वारंट जारी होखत रहे जवन अब ना रही। हालांकि जीतन मांझी आगे कहले कि हम कोर्ट के फैसला प कवनो तरह के टिप्पणी नईखी कईल चाहत।

मालूम रहे कि कानून के गलत इस्तेमाल के देखत सुप्रीम कोर्ट अनुसूचित जाति/अनुसूचित जनजाति (एससी/एसटी) एक्ट के प्रावधान में बदलाव कईलस। सुप्रीम कोर्ट एससी/एसटी एक्ट के तहत दर्ज भईल मामला में तुरंत गिरफ्तारी प रोक लगवलस।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *