bhojpurimanthan
This post has been viewed 551 times

नीतीश केकरा डर से नईखन बतावत कि बालिका गृह के लईकिन के कवना मंत्री लगे भेजल जात रहे: तेजस्वी

मुजफ्फरपुर के बालिका गृह यौन शोषण कांड में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के चुप्पी प सवाल उठावत नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव जोरदार हमला कईले।

तेजस्वी पुछले कि मुजफ्फरपुर के बालिका गृह में रहेवाली लईकिन के कवना-कवना मंत्री अवुरी सरकारी अधिकारी लगे भेजल जात रहे? सरकार इ बतावे में काहें डेरातिया? एकरा संगही उ बतवले कि सरकार काहें ओ लोग के नाम नईखे बतावत।

राजद नेता पुछले, “मुजफ्फरपुर बालिका गृह यौन शोषण के मामला में सुशील मोदी आ नीतीश कुमार गंभीर चुप्पी काहें सधले बाड़े? केकरा डर से नईखे बतावल जात कि कवना-कवना मंत्री आ सरकारी अधिकारी लगे इहाँ के नाबालिग लईकिन के भेजल जात रहे?”

तेजस्वी ये कांड में सत्ताधारी दल के कुछ वरिष्ठ नेता के नाम शामिल होखे के संभावना जतावत कहले कि ए कांड में सत्ताधारी दल के कुछ दिग्गज नेता के नाम सुनाई देता, एहीसे सरकार नईखे बतावत कि बालिका गृह के नाबालिग लईकिन के कवना-कवना मंत्री लगे भेजल जात रहे।

मालूम रहे कि मुजफ्फरपुर के बालिका गृह में यौन शोषण अवुरी देह व्यापार के पुष्टि हो चुकल बा। बालिका के लईकी पुलिस के बतवले बाड़ी कि ओ लोग के बड़े-बड़े अधिकारी अवुरी नेता लगे भेजल जात रहे।

एह बीच कांड के खुलासा के बाद मुजफ्फरपुर से मधुबनी भेजल 14 लईकिन में से 13 के यौन शोषण के पुष्टि मेडिकल जांच से भईल। ओने पटना भेजल 16 लईकिन में से 3 लईकी त गर्भवती मिलली जबकि आधा दर्जन के गर्भपात करावे के जानकारी मेडिकल जांच में मिलल। ए सभ खुलासा के बाद सत्ताधारी दल के चुप्पी अपने आप में एगो बड़ सवाल खाड़ा करतिया।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *