bhojpurimanthan
This post has been viewed 197 times

नीतीश खाती महागठबंधन में कवनों जगह नईखे, गठबंधन के दरवाज़ा बंद हो चुकल बा: तेजस्वी

नीतीश कुमार खाती महागठबंधन के दरवाजा बंद होखे के घोषणा करत नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि महागठबंधन में नीतीश कुमार खाती कवनों जगह नईखे।
एकरा संगही उ केंद्र अवुरी राज्य सरकार के जनविरोधी नीति के खिलाफ राजद के ओर से साइकिल रैली निकाले के घोषणा कईले।

पटना में एगो संवाददाता सम्मेलन के संबोधित करत तेजस्वी कहले कि राजद बिहार में साइकिल रैली निकाली जवना में महागठबंधन के सभ दल शामिल होईहे।
नीतीश कुमार के महागठबंधन में वापसी से जुडल एगो सवाल प तेजस्वी साफ कईले कि नीतीश खाती महागठबंधन में कवनों जगह नईखे।

तेजस्वी कहले, “नीतीश कुमार खाती महागठबंधन के दरवाजा बंद हो चुकल बा। गठबंधन में अब उनुका खाती कवनों जगह नईखे। बिहार के जनता भी इहे चाहतिया कि नीतीश कुमार महागठबंधन से बहरी रहस।”

उपेंद्र कुशवाहा के महागठबंधन में शामिल होखे के संभावना से जुडल सवाल के जवाब में तेजस्वी कहले कि उनुका के हरेक मंच से नेवता दिहल बा, शामिल भईल चाहे ना भईल उनुकर फैसला होई।

तेजस्वी कहले, “उपेंद्र कुशवाहा के हरेक मंच से महागठबंधन में शामिल होखे के नेवता दे दिहल बा, अब फैसला कुशवाहा के करे के बाटे।”

इनिका से पहिले एनडीए छोड़े के सवाल प जदयू नेता आरसीपी कहले कि उनुकर पार्टी एनडीए में बिया अवुरी एहीजे रही। राजद के ओर इशारा करत आरसीपी सिंह कहले, “कुछ लोग सोचतारे कि नीतीश कुमार केने जईहे? हमनी के ना ऐने जाऐके, ना ओने जाऐके। एनडीए में रहेके अवुरी बिहार के विकास करेके।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *