bhojpurimanthan
This post has been viewed 552 times

नीतीश कुमार के चेहरा पर चुनाव लड़ल जाई त बिहार में आँधी आ जाई, विरोधी उड़ जईहे: जदयू

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एनडीए के चेहरा बनावे के खाती दबाव के बढ़ावत जदयू कहलस कि जदी नीतीश कुमार के चेहरा प लोकसभा चुनाव लड़ल जाई त बिहार में आँधी आ जाई अवुरी विरोधी उड़ जईहे।

जदयू के वरिष्ठ नेता गुलाम रसूल बलियावी कहले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बहुत बड़ धर्मनिरपेक्ष नेता हवे अवुरी इनिका चेहरा प चुनाव लड़ला प एनडीए के मुसलमान वोट भी मिली।

बलियावी कहले, “मुसलमान अब धोखा नईखे खाए वाला अवुरी ना इस्तेमाल होखेवाला बा अवुरी आवे वाला समय में एकर जानकारी महागठबंधन के मिल जाई।” लोकसभा चुनाव के दौरान बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एनडीए के चेहरा बनावे के पक्ष में बोलत बलियावी कहले, “नीतीश कुमार बहुत बड़ धर्मनिरपेक्ष नेता हवे अवुरी इनिका चेहरा प चुनाव लड़ला प आँधी आ जाई अवुरी बिहार में विरोधी दूर-दूर तक देखाई ना दिहे।”

ओने सीट बंटवारा अवुरी एनडीए के चेहरा बने खाती शुरू भईल विवाद प भाजपा नेता अवुरी केन्द्रीय स्वास्थ्य राज्य मंत्री अश्विनी चौबे कहले कि एनडीए एकजुट बा अवुरी 2019 के लोकसभा चुनाव एनडीए जीती।

अश्विनी चौबे कहले, “एनडीए में कवनो प्रकार के नाराजगी नईखे, सभ लोग एकजुट बाड़े अवुरी मिलिके, एक संगे चुनाव लड़ल जाई।” उ कहले कि 2019 के लोकसभा चुनाव में विरोधी लोग के गोड़ धरे भर जगह ना मिली अवुरी एनडीए ए चुनाव के 2014 से भी जादे बहुमत के संगे जीती।

गुरुवार के एनडीए के महाभोज से सीट बंटवारा अवुरी नीतीश कुमार के एनडीए के चेहरा बनावे के संभावना के चलते किनारा करेवाला केंद्रीय मंत्री आ रालोसपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा शुक्रवार के मरहम लगावत देखाई देले।

एनडीए से अलग होखे के चर्चा के अफवाह करार देत कुशवाहा कहले कि काल्ह फ्लाइट छूटला के चलते उ भोज में ना आवे पवले। कुशवाहा सवाल कईले कि, “भोज में ना रहला के चलते हमरा से एतना सवाल काहें होखता? भोज में अमित शाह भी ना रहले, उनुका प सवाल काहें नईखे होखत?” कुशवाहा कहले कि ‘एनडीए से कवनो प्रकार के नाराजगी नईखे, बिहार में एनडीए एकजुट बा अवुरी एकजुट रही’।

हालांकि सभ दल के नेता कहतारे कि एनडीए एकजुट बा अवुरी एकजुट रही, लेकिन एकजुट देखाई नईखे देत। हरेक मुद्दा प विरोध के सुर सुनाई देता। लागता कि विरोध अवुरी दबाव के बीच एकजुटता के दावा शायद नया भारत के नया राजनीति ह।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *