bhojpurimanthan

बियाह के मंडप में पिता के मौत, बेटी के बिदाई देखे के सपना सपने रह गइल

बेटी के बिदाई करे से पहिले पिता खुद दुनिया से बिदाई हो गईल।कवनो पिता खाती बेटी के बियाह के मौका बहुत खुशी के होखेला। जदी बेटी इकलौती बेटी होखे त खुशी अवुरी बढ़ जाला। बेटी के बिदाई करत बाप के आंख से लोर जरूर गिरेला लेकिन मन खुश रहेला। लागेला कि एगो बड़ यज्ञ सम्पन्न हो गइल होखे। लेकिन, बिहार के एगो पिता के इ खुशी ना नसीब भईल। बेटी…

Read More >>
bhojpurimanthan

जेकरा लगे कवनो काम नईखे, उहे लालू-नीतीश के बातचीत प राजनीति करता: जदयू

मंगलवार के एक ओर राजद नेता अवुरी लालू प्रसाद यादव के बेटा तेजस्वी यादव घोषणा कईले कि ‘महागठबंधन में नीतीश कुमार खाती कवनो जगह नईखे,’ त दोसरा ओर नीतीश कुमार मुंबई में इलाज करावत लालू प्रसाद यादव से फोन प बात कईले। हालांकि जदयू अवुरी राजद – दुनो पार्टी ए बातचीत के लालू यादव के तबीयत से जुडल शिष्टाचार वाली बातचीत बतावतिया लेकिन राजनीति के बाज़ार बा कि गरमाईल जाता।…

Read More >>
bhojpurimanthan

राहुल गांधी के मुश्किल बढ़ सकता, उनुका बयान के खिलाफ भाजपा नेता अदालत पहुंचले

मामला 18 मार्च, 2018 के नई दिल्ली में दिहल राहुल गांधी के बयान से जुडल बा। कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के एगो बयान अब उनुका परेशानी के कारण बन सकता। नई दिल्ली में भईल कांग्रेस के अधिवेशन के दौरान दिहल राहुल के एगो बयान के खिलाफ भारतीय जनता पार्टी के नेता कोर्ट पहुँचले। मामला मार्च महीना में भईल कांग्रेस के अधिवेशन के दौरान दिहल एगो बयान से जुडल बा। तब भाजपा…

Read More >>
bhojpurimanthan

नीतीश खाती महागठबंधन में कवनों जगह नईखे, गठबंधन के दरवाज़ा बंद हो चुकल बा: तेजस्वी

नीतीश कुमार खाती महागठबंधन के दरवाजा बंद होखे के घोषणा करत नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि महागठबंधन में नीतीश कुमार खाती कवनों जगह नईखे। एकरा संगही उ केंद्र अवुरी राज्य सरकार के जनविरोधी नीति के खिलाफ राजद के ओर से साइकिल रैली निकाले के घोषणा कईले। पटना में एगो संवाददाता सम्मेलन के संबोधित करत तेजस्वी कहले कि राजद बिहार में साइकिल रैली निकाली जवना में महागठबंधन के सभ दल…

Read More >>
bhojpurimanthan

लोग सरकारी स्कूल में अपना संतान काहें नईखन पढ़ावत,’ शिक्षा विभाग से नीतीश कुमार के सवाल

बिहार के शिक्षा स्तर में आवत गिरावट अवुरी परीक्षा के नतीजा प होखत बवाल के बीच मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षा विभाग से पुछले कि ‘लोग सरकारी स्कूल में अपना लईकन के काहें नईखन पढ़ावत?’ सोमवार के आयोजित मुख्यमंत्री के संवाद कार्यक्रम में नीतीश कुमार राज्य के शिक्षा व्यवस्था में सुधार ले आवे के मकसद से शिक्षा विभाग के कुछ सुझाव देले। नीतीश कुमार कहले कि राज्य के सरकार अवुरी निजी…

Read More >>
bhojpurimanthan

देश के 80 लाख करोड़ रुपया हिंसा के शिकार होखता, का भाजपा अवुरी मोदी एकरा से कुछ सीखिहे

केंद्र के वर्तमान सरकार के शासन के दौरान देश में बढ़त हिंसा अवुरी ओकरा से होखत नुकसान के मामला में घेरत कांग्रेस पार्टी कहलस कि का भाजपा अवुरी प्रधानमंत्री एकरा से कुछ सीखे पईहे। एगो रिपोर्ट के मुताबिक प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कार्यकाल के दौरान पछिला एक साल (2017-18) में देश के सकल घरेलू उत्पाद (जीडीपी) के 9 प्रतिशत हिंसा के चलते बर्बाद हो गइल। एही रिपोर्ट के हवाला देत…

Read More >>
bhojpurimanthan

बिहार: जदयू विधायक के गाड़ी समेत बम से उड़ा देवे के धमकी

बिहार के बेखौफ हो चुकल अपराधी अब मंत्री आ विधायक तक के नईखन छोड़त। ताज़ा मामला में अपराधी पूर्व परिवहन मंत्री आ खगड़िया जिला में परबत्ता के जदयू विधायक रमानंद सिंह के अपराधी जान से मारे के धमकी देले। पटना के सरकारी निवासी प आईल एगो फोन कॉल में अपराधी कहले कि उ लोग रमानंद सिंह के गाड़ी में बम लगा के उड़ा दिहे। जानलेवा धमकी मिलला के बाद विधायक…

Read More >>
Bhojpurimanthan

कुछ ‘चिरकुट’ आ ‘जमानत जब्त’ नेता बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतारे: कीर्ति आज़ाद

भारतीय जनता पार्टी से निलंबित दरभंगा के सांसद कीर्ति झा आज़ाद शनिवार के बिहार सरकार प जोरदार हमला बोलले अवुरी कहले कि नीतीश सरकार बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतिया जबकि विकास के कवनो काम राज्य में नईखे होखत। बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के वाहवाही लूटे खाती झूठा प्रपंच रचे वाला नेता बतावत कीर्ति कहले कि उ तुरंत-फुरन्त के लोकप्रियता अवुरी वाहवाही लूटे खाती रोज नाया प्रपंच…

Read More >>
bhojpurimanthan

कांग्रेसी एगो गरीब के बेटा के प्रधानमंत्री के कुर्सी पर नईखन देखल चाहत: भाजपा

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हत्या करे से जुडल कथित साजिश के मामला में विपक्ष के बयान के निराश करे वाला बतावत केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह एकरा का अंतराष्ट्रीय साजिश करार देले। ओने बिहार भाजपा के अध्यक्ष नित्यानन्द राय कहले कि कांग्रेस के नेता एगो गरीब के बेटा के प्रधानमंत्री के कुर्सी प नईखन देखल चाहत। पुणे पुलिस के हाथे लागल एगो कथित चिट्ठी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पूर्व प्रधानमंत्री…

Read More >>
bhojpurimanthan

बिहार के बोली लगा के जवना पैकेज के घोषणा भईल रहे, ओकर का भईल

बिहार के विशेष राज्य के दर्जा अवुरी विशेष आर्थिक पैकेज के मामला में भाजपा प हमला करत विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव पुछले कि बिहार के बोली लगा के जवन रकम तय भईल रहे उ कब मिली? पछिला विधानसभा चुनाव के पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर घोषित विशेष पैकेज के बारे में तेजस्वी कहले कि प्रधानमंत्री 70 हज़ार करोड़ से शुरू कईले अवुरी बोली के बढ़ावत सवा लाख…

Read More >>