मुजफ्फरपुर बालिका गृह से लापता एगो लईकी भईल बरामद, अब लागल कसाए ब्रजेश ठाकुर प सिकंजा

bhojpurimanthan
August 6, 2018

बिहार में मुजफ्फरपुर के बालिका गृह से गायब चार लईकिन में एक के बिहार पुलिस के टीम उत्तर प्रदेश से बरामद क लेलस। बालिका गृह के रिकॉर्ड के मुताबिक बरामद भईल लईकी ओ 7 लईकिन में शामिल बिया, जवन कि उहाँ से गायब रहली। पुलिस सूत्र के मुताबिक लईकी उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के एगो बालिका गृह से बरामद भईल बिया। मुजफ्फरपुर बालिका गृह के रिकॉर्ड के मुताबिक कुल…

Read More >>

मुजफ्फरपुर कांड के आड़ में बिहार के बदनाम करे के लागल बाड़़े लोगः नीतीश कुमार

bhojpurimanthan
August 6, 2018

मुजफ्फरपुर के बालिका गृह यौन शोषण कांड के चलते घेराईल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजनीतिक विरोधी अवुरी मीडिया प हमला बोलले। उ कहले कि लोग ए मामला में अनापशनाप बयान देतारे, लोग के खाली बाऊर देखाई देता, नीमन काम नईखे लऊकत। सतत जीविकोपार्जन योजना के शुरुआत करत रविवार के पटना में नीतीश कुमार कहले, “हमनी के विज्ञापन वाला लोग नईखी, लोग अपना योजना के प्रचार दोसरा राज्य में करेले।”…

Read More >>

अगिला लोकसभा चुनाव में नीतीश कुमार होईहे बिहार में राजग के चेहरा : संबित पात्रा

bhojpurimanthan
July 10, 2018

भाजपा के राष्ट्रीय प्रवक्ता संबित पात्रा काल्ह कहले कि साल 2019 में होखेवाला लोकसभा चुनाव में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के चेहरा होईहे जबकि राष्ट्रीय स्तर पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चेहरा प राजग चुनावी मैदान में उतरी। उ कहले कि देश नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में विकास के मार्ग प आगे बढ़ल चाहता। संबित पात्रा पटना में पार्टी के प्रदेश कार्यालय में आयोजित संवाददाता…

Read More >>

तेजप्रताप के नया ड्रामा-घर से दिखवले ‘नो इ़ट्री’ के पर्चा, कहले-नीतीश चाचा,देखल ली

bhojpurimanthan
July 3, 2018

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव आज आखिरकार राबड़ी देवी के निवास के गेट प ‘नो एंट्री चाचा नीतीश’ के पोस्ट लगा ही देले। रविवार के ‘नो एंट्री’ वाला बोर्ड लगावे के घोषणा क चुकल तेजप्रताप सोमवार के नो एंट्री वाला पोस्टर संगे कहले कि अब उनुका घर में ‘नीतीश चाचा’ खाती नो एंट्री बा। मालूम रहे कि तेजप्रताप यादव अपना माता-पिता के संगे 10 सर्कुलर…

Read More >>

बियाह के मंडप में पिता के मौत, बेटी के बिदाई देखे के सपना सपने रह गइल

bhojpurimanthan
June 28, 2018

बेटी के बिदाई करे से पहिले पिता खुद दुनिया से बिदाई हो गईल।कवनो पिता खाती बेटी के बियाह के मौका बहुत खुशी के होखेला। जदी बेटी इकलौती बेटी होखे त खुशी अवुरी बढ़ जाला। बेटी के बिदाई करत बाप के आंख से लोर जरूर गिरेला लेकिन मन खुश रहेला। लागेला कि एगो बड़ यज्ञ सम्पन्न हो गइल होखे। लेकिन, बिहार के एगो पिता के इ खुशी ना नसीब भईल। बेटी…

Read More >>

जेकरा लगे कवनो काम नईखे, उहे लालू-नीतीश के बातचीत प राजनीति करता: जदयू

bhojpurimanthan
June 28, 2018

मंगलवार के एक ओर राजद नेता अवुरी लालू प्रसाद यादव के बेटा तेजस्वी यादव घोषणा कईले कि ‘महागठबंधन में नीतीश कुमार खाती कवनो जगह नईखे,’ त दोसरा ओर नीतीश कुमार मुंबई में इलाज करावत लालू प्रसाद यादव से फोन प बात कईले। हालांकि जदयू अवुरी राजद – दुनो पार्टी ए बातचीत के लालू यादव के तबीयत से जुडल शिष्टाचार वाली बातचीत बतावतिया लेकिन राजनीति के बाज़ार बा कि गरमाईल जाता।…

Read More >>

नीतीश खाती महागठबंधन में कवनों जगह नईखे, गठबंधन के दरवाज़ा बंद हो चुकल बा: तेजस्वी

bhojpurimanthan
June 28, 2018

नीतीश कुमार खाती महागठबंधन के दरवाजा बंद होखे के घोषणा करत नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि महागठबंधन में नीतीश कुमार खाती कवनों जगह नईखे। एकरा संगही उ केंद्र अवुरी राज्य सरकार के जनविरोधी नीति के खिलाफ राजद के ओर से साइकिल रैली निकाले के घोषणा कईले। पटना में एगो संवाददाता सम्मेलन के संबोधित करत तेजस्वी कहले कि राजद बिहार में साइकिल रैली निकाली जवना में महागठबंधन के सभ दल…

Read More >>

लोग सरकारी स्कूल में अपना संतान काहें नईखन पढ़ावत,’ शिक्षा विभाग से नीतीश कुमार के सवाल

bhojpurimanthan
June 12, 2018

बिहार के शिक्षा स्तर में आवत गिरावट अवुरी परीक्षा के नतीजा प होखत बवाल के बीच मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षा विभाग से पुछले कि ‘लोग सरकारी स्कूल में अपना लईकन के काहें नईखन पढ़ावत?’ सोमवार के आयोजित मुख्यमंत्री के संवाद कार्यक्रम में नीतीश कुमार राज्य के शिक्षा व्यवस्था में सुधार ले आवे के मकसद से शिक्षा विभाग के कुछ सुझाव देले। नीतीश कुमार कहले कि राज्य के सरकार अवुरी निजी…

Read More >>

बिहार: जदयू विधायक के गाड़ी समेत बम से उड़ा देवे के धमकी

bhojpurimanthan
June 11, 2018

बिहार के बेखौफ हो चुकल अपराधी अब मंत्री आ विधायक तक के नईखन छोड़त। ताज़ा मामला में अपराधी पूर्व परिवहन मंत्री आ खगड़िया जिला में परबत्ता के जदयू विधायक रमानंद सिंह के अपराधी जान से मारे के धमकी देले। पटना के सरकारी निवासी प आईल एगो फोन कॉल में अपराधी कहले कि उ लोग रमानंद सिंह के गाड़ी में बम लगा के उड़ा दिहे। जानलेवा धमकी मिलला के बाद विधायक…

Read More >>

कुछ ‘चिरकुट’ आ ‘जमानत जब्त’ नेता बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतारे: कीर्ति आज़ाद

Bhojpurimanthan
June 11, 2018

भारतीय जनता पार्टी से निलंबित दरभंगा के सांसद कीर्ति झा आज़ाद शनिवार के बिहार सरकार प जोरदार हमला बोलले अवुरी कहले कि नीतीश सरकार बिहार में विकास के झूठा प्रचार करतिया जबकि विकास के कवनो काम राज्य में नईखे होखत। बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के वाहवाही लूटे खाती झूठा प्रपंच रचे वाला नेता बतावत कीर्ति कहले कि उ तुरंत-फुरन्त के लोकप्रियता अवुरी वाहवाही लूटे खाती रोज नाया प्रपंच…

Read More >>