bhojpurimanthan
This post has been viewed 497 times

उपेंद्र कुशवाहा दर्द देला के बाद मरहम लगावे के प्रयास कईले, मांझी लालू से भेट करे पहुंचले

बिहार के राजनीति में सहयोगी दल के गतबंधन में राखल एक ओर भाजपा खाती मुश्किल भईल जाता त दोसरा ओर महागठबंधन में भी अब सुगबुगाहट होखे लागल बा।

गुरुवार के पटना में दिहल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भोज से किनारा करेवाला रालोसपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा हालांकि अब मरहम लगावे के प्रयास कईले लेकिन संगे-संगे एगो सवाल भी खाड़ा क देले।

शुक्रवार के पटना पहुंचल उपेंद्र कुशवाहा एनडीए से अलग होखे के चर्चा के अफवाह करार देले अवुरी कहले कि काल्ह फ्लाइट छूटला के चलते उ भोज में ना आवे पवले। कुशवाहा एकरा संगही एगो सवाल कईले। उ कहले, “भोज में ना रहला के चलते हमरा से एतना सवाल काहें होखता? भोज में अमित शाह भी ना रहले, उनुका प सवाल काहें नईखे होखत?”

ए मौका प उनुका नाराजगी चाहे एनडीए छोड़े के सवाल प कुशवाहा कवनो गंभीर बयान देवे से बाचत देखाई देले अवुरी कहले कि ‘कवनो नाराजगी नईखे, बिहार में एनडीए एकजुट बा अवुरी एकजुट रही’।

मालूम रहे कि रालोसपा नीतीश कुमार के एनडीए चेहरा माने से इनकार करत गुरुवार के अगिला विधानसभा चुनाव में एनडीए के ओर से उपेंद्र कुशवाहा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के मांग कईलस। ए मांग के बाद लगभग साफ रहे कि उपेंद्र कुशवाहा एनडीए के भोज में ना जईहे। हालांकि बाद में मामला शांत होखे के खबर भी आईल, लेकिन उपेंद्र कुशवाहा भोज में ना पहुंचले।

ओने पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा (हम) के मुखिया जीतनराम मांझी आ राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव से मुलाक़ात कईले। मुलाक़ात के औपचारिक बतावत मांझी सीट बंटवारा से जुडल सवाल प कहले कि महागठबंधन के कमेटी बनला के बाद सीट बंटवारा प फैसला होई।

गुरुवार के भईल तेजस्वी यादव अवुरी राहुल गांधी के मुलाक़ात प मांझी कहले कि तेजस्वी राष्ट्रीय स्तर प महागठबंधन बनावे खाती राहुल गांधी से भेट कईले रहले। उ कहले कि सीट बंटवारा छोट मुद्दा बा, असली मुद्दा भाजपा के देश से उखाड़ फेंकल बाटे। मांझी कहले कि कुछूओ हो जाए, भाजपा के दोबारा ना आवे देवेके।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *