bhojpurimanthan
This post has been viewed 153 times

‘विपक्षी एकता के ट्रेलर लऊकल, तेजस्वी के नेतृत्व बिहार में हावी भईल,’ उपचुनाव के नतीजा प राजद

आज आईल उपचुनाव के नतीजा के असर आवे वाला दिन में राष्ट्रीय के संगे-संगे बिहार के राजनीति प देखाई दिही। बिहार के जोकीहाट उपचुनाव में राजद के मिलल जबरदस्त समर्थन अवुरी जदयू के बरिआर हार के गणना के काम शुरू हो चुकल बा अवुरी हरेक दल के नेता एकर अपना-अपना हिसाब से व्याख्या करे में लागल बाड़े।

नतीजा अईला के बाद जदयू अपना हार खाती अपने लोग, खास तौर प केंद्र के मोदी सरकार के जिम्मेदार बतवलस। ओने राजद ए जीत के सेहरा अपना नेता तेजस्वी यादव के माथा प धईलस। भाजपा के गिरिराज सिंह जहां कुछूओ बोले से इनकार क देले उहें मंगल पांडेय कहले कि एक सीट प जीत के राजद के इतराए के जरूरत नईखे।

राजद के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र पूर्वे ए जीत के पूरा श्रेय तेजस्वी यादव के देले अवुरी कहले कि ‘आज के जीत तेजस्वी के नेतृत्व में बहुत बड़ जीत बिया’। उ कहले कि ए सीट के जीते खाती नीतीश सरकार अवुरी जदयू अपना पूरा ताकत के झोंक देले रहे लेकिन नतीजा सभके सोझा बा।

जोकीहाट के संगे-संगे चार लोकसभा सीट आ 11 विधानसभा सीट के नतीजा के राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी विपक्षी एकता के परिणाम बतवले। जोकीहाट के जीत प तेजस्वी यादव के बखान करत शिवानंद तिवारी कहले, “तेजस्वी यादव के नेतृत्व बिहार में हावी हो चुकल बा। जोकीहाट तेजस्वी के बिहार में स्थापित क देलस।”

शिवानंद तिवारी कहले, “देश में विपक्ष मजबूत हो रहल बा, देश भर के उपचुनाव में एनडीए के हार भईल बा। एकरा से पता चलता कि भाजपा से जनता अब अकुता गइल बिया। आज विपक्षी एकता के ट्रेलर लऊकल बा। देशभर में महागठबंधन के उम्मीदवार जीतल बाड़े अवुरी साफ ब कि 2019 चुनाव में महागठबंधन मजबूती से लड़ी आ सरकार बनाई।”

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अपना भाषा में सुधार करे के सलाह देत शिवानंद तिवारी कहले कि प्रधानमंत्री खुद अपना पद के मर्यादा के तार-तार काईले। 2019 में जनता एनडीए के नकार दिही अवुरी एकरे संगे नीतीश कुमार खतम हो जईहे।

विपक्षी एकता खाती प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा के जिम्मेदार बतावत शिवानंद तिवारी कहले कि, “विपक्ष त मजबूरी में एक संगे होखता, भाजपा के तानाशाही ओकरा के एक होखे खाती मजबूर करतिया।” उ दावा कईले कि 2019 के बादो विपक्षी एकता कायम रही अवुरी जदी कांग्रेस पुरनकी गलती के दोहराई त उ खुद खतम हो जाई।

जदयू के हार प कांग्रेस छोड़ के जदयू में शामिल भईल अशोक चौधरी कहले कि “जोकीहाट के नतीजा उम्मीद के मुताबिक नईखे। हमनी के पूरा कोशिश कईनी, लेकिन अपने लोग के चलते हार गईनी।” हालांकि उ अपना दल अवुरी सरकार के गलती आ कमी के समीक्षा करे के बात भी कहले।

चुनाव के नतीजा अईला के बाद हार के कबूल करत जदयू नेता केसी त्यागी कहले कि तेल कि बढ़त दाम के चलते देशभर के लोग में गुस्सा बा अवुरी आज के एही के चलते अयीसन नतीजा आइल बा।

तेल के बढ़त दाम के तुरंत कम करे के मांग करत जदयू नेता केसी त्यागी कहले कि आज जवन चुनावी नतीजा आईल बा ओकरा खाती तेल बढ़त कीमत जिम्मेदार बिया अवुरी केंद्र सरकार एकरा के तुरंत वापस लेवे। उ कहले कि उपचुनाव के नतीजा एनडीए खाती चिंता के विषय बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *