ईमान सबका लगे/ संजय कुमार मौर्य

Image

ईमान सबका लगे/ संजय कुमार मौर्य

ईमान सबका लगे ओरा गइल बा
लाज कवनों ठंइया हेरा गइल बा

अब केहूए त झण्डा उठइबे करी
अनीति से करेजवा पीरा गइल बा

ई देश, ई जनता के भला कइसे होई
साहब लोग के जांगर कीरा गइल बा

गरीब रोऽत बाटे हे भगवान रोटी द
जब जनमे से मँुहवा चीरा गइल बा

अंग्रेजवन से त जीते गइल ई देशवा
अब नेतवन से देशवा हरा गइल बा

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

ईमान सबका लगे/ संजय कुमार मौर्य - भोजपुरी मंथन