तनी हँसलो जरूरी बा ए भाई/ ह्रदयानन्द विशाल

Image

तनी हँसलो जरूरी बा ए भाई/ ह्रदयानन्द विशाल

यादव लिहले लाठी आ नाऊ पाती
पंडित जी लिहनी पातारा
तिनो जाना संगहीं एकदिन
बना लिहल लो जातारा

भूख लागल त पंडित जी कहनी
कवनो तरीका अपनावल जाव
आपन आपन झोरा झार लो
मिलजुल के कुछ पावल जाव

नाऊ के चाउर बाबा के चिनी
यादव के रहल दुध
बाबा कहनी खीर बना द
इहे बा सबसे शुध

दुइये पेट के खिरवा भइल
तिन जाना खइनिहार
कम खाये के केहू ना कहे
बढ़े लागल तकरार

पंडित जी एगो सर्त रखनी
उपासे सुत लो ए भाई
सबसे नीमन जे सपना देखी
उहे ई खिरवा खाई

तिनु जाना हुँसियारे आपन
दाव केहू ना छोड़ले बा
सुते के त सुतले बाकी
बरिआरे भुखियो कोड़ले बा

अधो घरी बितल नाही
पंडित जी तले जगनी
दुनू जाना के जगा के आपन
सपना सुनावे लगनी

केहू ना बा भगवान से बढ़ के
धरम सनातन अपना मे
रामलला के शुभ बियाह हम
देखले बानी सपना मे

नाऊ कहलन हमरो सपना
सुनल जाव दे के धेयान
डमरू बजा के शंकर जी
हमके दिहनी ह वरदान

दुनू जाना यादव से पुछलें
अपनो सपना सुना द
काहें मुह लटकवले बाड़अ
कुछुवो त बतला द

बाउरो सपना यादव जी से
पुछे लागल लो ठाठा के
खीर त तहके ठेकी नाही
कहतालो खूब आगरा के

यादव कहलें हम त सपना
बाउरे देखले बानी
ना मानब त जवन देखनी
तवने सुनावतानी

गादा ले के हनुमान जी कहुवन
कुछऊ हम तहके ना देम
सगरो खिरवा खा जा ना त
गादा से मार के मुवा देम

जिये खाती खइले बानी
खाये खाती जियनी ना
नटी पर ले पहुँचवाना बाटे
चिरूवो भर पानी पियनी ना

सपना के फेरा मे रहे करेजा
लछत भूख के मारे
नाऊ पंडित दुनू जाना
धइलन हाँथ कापारे

ह्रदयानन्द विशाल कहेले
केहू के साथे जाइल जाला
जवने मिले जूरे ओहि मे
मिल बाँट के खाइल जाला

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

तनी हँसलो जरूरी बा ए भाई/ ह्रदयानन्द विशाल - भोजपुरी मंथन