पहचान / जलज कुमार अनुपम

Image

हाथ में लाठी कान्हे गमछा
लमहर बाटे जेकर सान
जग-जहान में बाजे डंका
जान रहल बा हिन्दुस्तान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान
गोरखनाथ, कबीर, कुवर सिंह
राजेन्दर, जेपी के गान
आन पर आवे सीना तान े
मंगल पांडे के स्वाभिमान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान

बिरहा कजरी फगुआ चइता
जेकर ध्र ुपद करे बखान
भिखारी, महेंदर, धरीछन बाबा
कइलें आपन सब कुरबान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान

रामायन से महाभारत ले
सब में बा हमनीं के सान
बीजक के दोहा में लउके
बढ़ल गुरुबानी में मान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान ।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

पहचान / जलज कुमार अनुपम - भोजपुरी मंथन