पावल प्रेम पियरवा हो ताही रे रूप – संत गुलाल साहब

Image

पावल प्रेम पियरवा हो ताही रे रूप – संत गुलाल साहब

पावल प्रेम पियरवा हो ताही रे रूप।
मनुआ हमार विआहल हो ताही रे रूप।।

ऊँच अटारी पिया छावल हो ताही रे रूप।
मोतियन चउक पुरावल हो ताही रे रूप।।

अगम धुनि बाजन बजावल हो ताही रे रूप।
दुलहिन दुलहा मन भावल हो ताही रे रूप।।

भुज भर कंठ लगावल हो ताही रे मन।
गुलाल प्रभु वर पावल हो ताही रे पद।।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

पावल प्रेम पियरवा हो ताही रे रूप – संत गुलाल साहब - भोजपुरी मंथन