फेर हवाबाज़ आ गइल बादर / आसिफ रोहतासवी

Image

फेर हवाबाज़ आ गइल बादर / आसिफ रोहतासवी

फेर हवाबाज़ आ गइल बादर ,
सिर्फ शहरे प छा गइल बादर।

रह गइल चुरुआ लगवले मडई,
छत के पानी पिया गइल बादर ।

भेख बहुरुपिया नियन बदले,
खूब बुरबक बना गइल बादर ।

नाहि बरसे के तनिक बा हबखब
खेत लहलस डूबा गइल बादर ।

खूब गरजल, चमक-दमक देके ,
खूब सपना देखा गइल बादर ।

भूख ‘आसिफ’ न कुछ सुने देलसु ,
राग बादल सूना गइल बादर ।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

फेर हवाबाज़ आ गइल बादर / आसिफ रोहतासवी - भोजपुरी मंथन