भोजपुरी कविता बुझल चूल्हा के उपला प आग मिलल बा/ डॉ. हरेश्वर राय

Image

भोजपुरी कविता बुझल चूल्हा के उपला प आग मिलल बा/ डॉ. हरेश्वर राय

हमरा मनवाँ के मांगल मुराद मिलल बा
दिल के गमला में हमरा गुलाब खिलल बा I

हमरा धड़कन के जेतना सवाल रहन सन
ओह सवालन के सुन्दर जबाब मिलल बा I

हमरा नयनन के दरपन में चाँद आ बसल
हमरा होंठन के सरगम शराब मिलल बा I

मन के बंजर बधार में बहार आ गइल
भरल फगुआ से सोगहग किताब मिलल बा I

जेठ जिनिगी में सावन के फूल खिल गइल
बुझल चूल्हा के उपला प आग मिलल बा I

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

भोजपुरी कविता बुझल चूल्हा के उपला प आग मिलल बा/ डॉ. हरेश्वर राय - भोजपुरी मंथन