मन तू काहे ना करे रजपूती / परमहंस शिवनारायण स्वामी

Image

मन तू काहे ना करे रजपूती / परमहंस शिवनारायण स्वामी

मन तू काहे ना करे रजपूती।
असहीं काल घेरि मारत ह जस पिजरा के तूती।
पाँच पचीस तीनों दल ठाड़े इन संग सैन बहुती।
रंगमहल पर अनहद बाजे काहें गइलऽ तू सूती।
शिवनारायन चढ़ मैदाने मोह भरम गइल छूटी।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

मन तू काहे ना करे रजपूती / परमहंस शिवनारायण स्वामी - भोजपुरी मंथन