हवा में गजब के सरूर बाटे / जगन्नाथ

Image

हवा में गजब के सरूर बाटे / जगन्नाथ

हवा में गजब के सरूर बाटे,
बात कुछ खास त जरूर बाटे।

लोर सब गिर रहल बाटे भुँइयाँ,
उनका रोवे के ना सहूर बाटे।

हमरा पासे दरद के थाती बा,
रउवा का बात के गरूर बाटे।

दुलार देके दुरदुरा दीला,
नीक अपने के ई दस्तूर बाटे।

बात इन्सानियत के कइलीं ह,
हुजूर बस इहे कसूर बाटे।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

हवा में गजब के सरूर बाटे / जगन्नाथ - भोजपुरी मंथन