तहरा बिना तनी ना रकटना/ स्व रामजी सिंह (मुखिया)
तहरा बिना तनी ना रकटना, ए नंदलाल ।
भागल, खेदाइल, कवना नगरी से आईल बाड़, ए नंदलाल,
चुलबुल चोर बाड़ चाटाना, ए नंदलाल । तहरा बिना…
ताक तार मटर- मटर, सरम ना लाज डर, ए नंदलाल,
खा जईब कहियो चटाकाना, ए नंदलाल । तहरा बिना…
मलपट घुमाइबि तहार, छरपट छोड़ाई देबि, ए नंदलाल,
चाहे जाईब हाईकोर्ट पटना, ए नंदलाल । तहरा बिना…
टंगरी ममोरि देबि, घुटना दबोरि देबि, ए नंदलाल,
छाड़ छैला माखन गटकना, ए नंदलाल । तहरा बिना…
घोघा माला पर चोन्हा, हमरो बा अतना सोना, ए नंदलाल
मोती लर, हीरा जड़ल कंगना, ए नंदलाल | तहरा बिना…
रामजी के बेरी तूं अबेरी देरी काहें कइल, ए नंदलाल,
तहरा बिना तनी ना रकटना, ए नंदलाल | तहरा बिना…