होति बा लड़ाई घनघोर जे फराँस बीच,तवने के चारु ओर चरचा सुनात बा। चमचम तलवारि चमकति बाटे,धमधम गोला तोप घहरात बा। बीर हरषत बाड़े, रन में लड़त बाड़े,कायर डरत बाड़े, मन घबरात बा। ‘दूधनाथ’ बीरन्हि के भुजा फरकति बाड़े,लड़े के…
हवा में गजब के सरूर बाटे,बात कुछ खास त जरूर बाटे। लोर सब गिर रहल बाटे भुँइयाँ,उनका रोवे के ना सहूर बाटे। हमरा पासे दरद के थाती बा,रउवा का बात के गरूर बाटे। दुलार देके दुरदुरा दीला,नीक अपने के ई…
हमहूँ कहीं तूहूँ कह sहमहूँ बहीं तूहूँ बह s दुखवा सबके एके बाटेहमहूँ सहीं तूहूँ सह s सबके सपना बाँचल रहेहमहूँ रहीं तूहूँ रह s भइयारी के हाथ ना छूटेहमहूँ गहीं तूहूँ गह s मन से माहुरबह के निकलेहमहूँ महीं…
सब फूल काहे गाँव के अतिना उदास बा,अब चढ़ सकी न माथ पर कहवाँ सँवास बा।बस लुस-फुसा के ओठ असहीं काँपते रही,अब के बूझो जे गीत में कतिना मिठास बा।कइसे कहीं कि गाछ ई पुरान हो गइल,पुरवा से जाके पूछ…
रूपवा सुघर सलोना बाटे छटा निरालीशक्ती जहां के देलीं मइया पहाड़ वालीधरती ई पुण्य-पावन आईं कइल जा वंदनमिलि के मनावल जाला जहॉं ईद आ दीवाली । भाषा जहां बा कइ गो, आ हिंदी बा सबके रानीपैदा जहॉं पे होलें विद्वान,…
रउरा गाँवे जब ले सावन आइल बाहमरा गाँवे तलई- ताल सुखाइल बा पटना-दिल्ली बइठल रउरा का जानब –तरवा जेठे कतना ई भउराइल बा लेके हम आपन गगरी कहवाँ जाईंहमरा खातिर घाट सभे कउराइल बा जेतने पेवन सटलीं, ओतने छितराइलजिनगी के…
भोरे भोरे सूरज आके जब मुस्काये लागल,धीरे-धीरे हमरा मन के कमल फुलाए लागल।कतना दिन पर उनुका के भर नजर निहारत बानी,का जाने काहे दो देखत नैन जुड़ाए लागल।रसिया भौंरा उतरी कइसे मन का गहराई में,कउड़ी का कीमत पर सगरे रूप…
1सजनि कहेले पिया भारी उत्पाती हऊथामऽ तू बनूक, ना उठऽ, मोरा खाटी सेससुई कहेले “बहु” हमके देखादऽ नामुहवाँ झोकार देब, बरते लुकाठी से”बबुआ कहेला “माई हमके बतादे नाफार देव पीठ हम फरगाठी से”कहेला जवान सभे मूँछन पर हाथ फेरि“मारब छितरा…