आज के राजनीति/ संजय कुमार ओझा

Image

आज के राजनीति/ संजय कुमार ओझा

पूरा परिवार समाजवादीन के,
खाड़ बा सगरो उम्मीदवारी में,
परिवारवाद वाला बहरी टिकट,
बांटऽत बाटे खूब लाचारी में!

जे लूटत आईल देश के अब ले,
खानदानी बिगहटिया बूझीके,
उहे चोर कहत घूमे ओकरा के,
जे लागल बा च‌उकीदारी में !

आपस में लड़त बा सब लोग,
राखी के जवने नेता के पक्ष,
नेतो जी भला कहां पिछुआस,
लोर गिरावत ज‌इसे मगरमच्छ !

जनता के बनावस उ बुड़बक,
छल – प्रपंच में बारन उ दक्ष,
जात – पांत के गोटी फेंकऽस,
लागल बा बस कुरसी प लक्ष ।

कवने दल के हम कहीं निमन,
‘संजय’ कवन दल बाटे खराब,
सब ब‌इठावत आपन गोटी,
लोक – प्रश्न के ना देत ज़बाब !

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

आज के राजनीति/ संजय कुमार ओझा - भोजपुरी मंथन