छल / केशव मोहन पाण्डेय

Image

छल / केशव मोहन पाण्डेय

नाव त रहे जगरनिया
बाकिर काटत बिपत जिनगी के
जोहत बहाना बरतन माजे के
फूँके के बेहया के बास वाला चूल्ह
जिनगी धुँआ हो गइल
एने-ओने उधियात
कातिक के भुआ हो गइल।
बाबूजी के दिहल नाव
तब ईयाद आइल
जब टँकाए लागल
सरकारी कागद में
तब हँसलस सपना
कींचर में दबल
आखियाँ के कोर में
कि हमरो घरे
आई डाक से नोट
बूढ़ा-पिन्सिन के।
नाचे लागल मन
कि हाथ पर हमरो
आई दू पइसा
सार्थक हो जाई
बाबूजी के दिहल नाव
भर जाई
जिनगी भर के सगरो घाव।
हुलास मारे लागल
चेखुर नियर
झोंटा में लुकाइल
रेखा ललाट के
कि अब ना बुतावे के पड़ी पियास
ओस चाट के।
लोकतंत्र के कारन
गउँवों में चुनाव आ गइल
एक बेर फेरु सामने
जगरनिया नाव आ गइल
बूढ़ा-पिन्सिन बढ़े वाला बा
वादा चुनाव के रहे
टल गइलऽ
एक बेर फेरु
जगरनिया के साथे
पहिलहीं नियर छल भइलऽ।

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

छल / केशव मोहन पाण्डेय - भोजपुरी मंथन