भोजपुरी मंथन

फगुनवाँ गउवाँ में आइल – जगदीश पंथी

भोजपुरी मंथन

फगुनवाँ गउवाँ में आइल – जगदीश पंथी

चइती फसिल गदराइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल,
धरती पियरकी रंगाइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल।

पेड़वा पुरनकी पतइया गिरावै
नई-नई कलंगी से देहिया सजावै
पछुआ बयरिया रसाइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल।

‘पिउ-पिउ’ पपिहरा कोइलिया के बोली
भउजी के आइल दुअरवा पर डोली
मुनियाँ के सुदिन धराइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल।

चंग-मृदंग धमार खोरी-खोरी
उड़ै अबीर गुलाल चारी ओरी
रंगवा में नेहिया पगाइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल।

अमवाँ बउरइले महुइया मोजराइल
सगरो सिवनवाँ वसंती रंगाइल
रतिया वन्दनिया हेराइल, फगुनवाँ गउवाँ में आइल।

Exit mobile version