भोजपुरी मंथन

मत लs तूं जान हमार – मृत्युंजय अश्रुज

भोजपुरी मंथन

मत लs तूं जान हमार – मृत्युंजय अश्रुज

सुनs सुनs माई बाबा करीले बिनीतिया
जनी लs तूं जान हमार
बेटा का बदले बेटी बनवले राम
का बाटे दोष हमार।

अबही त बानी हम मांस के लोदा
कइनी कवन क्षति तोहार
माई तs होली ममता के मूरत
गोदिया में स्वर्ग तोहार
बाबा का बाहीं झूला में होला
दुनिया के खुशी अपार।

माई के ममता देवमुनि गावे
आज कहां ममता तोहार
जिनगी के दान कर करsएहसनवा
छीनs मत सौभाग हमार।
आधा पेट खा कैसहूं तन ढाकेब
करेब हम सेवा तोहार।

तोहरे किरिया माई रहबो कुंआरी
दहेज से देबो उबार
माई बाबा के दुलार चीखा दs
धो धो पीअब चरण तोहार।

Exit mobile version