भोजपुरी मंथन

का कहेले कोइलिया?/ दिलीप पैनाली

का कहेले कोइलिया?/ दिलीप पैनाली

ए नानी नाना कहाँ, कहेले कोइलिया?
भोरे भोरे गीत, सुनावेले कोइलिया।
पोतवा के बात ई, आजी बतावेली,
चिड़ई चुरूंग से, परिचय करावेली।

ए मामी मामा कहाँ गावेले कोइलिया?
भोरे भोरे गीत, सुनावेले कोइलिया।
बबुनी के बात ई माई बतावेली,
चिड़ई चुरूंग से, परिचय करावेली।

Exit mobile version