भोजपुरी मंथन

चना / निलय उपाध्याय

चना / निलय उपाध्याय

बनिया-
बोरा के छल्ली लगाई आ
इन्तजार करी
कि बढ़ि जाय चना के भाव।
भड़भूँजा भूँजी
आ बड़बड़ाई-
चना के छपन सवाद।
आदमी जइसन
मुकमिल दुनिया होले चना के
जे महसूस करी, ले आई
खेत में
ठीक नाक के जरि, जहाँ टेढ़ रहे
खुली दुआर
अरे बाप!
अतना बड़हन घर
इहवाँ त पूरा उमिर
गँवावल जा सकेला
बिना कवनो खौफ के
सचो-
इहो एगो खुशिए बा जालन कि
दुनिया चाहे जतना
बड़हन होखे
चना से छोटे होले।

Exit mobile version