भोजपुरी मंथन

ब्यास + गायक/ ह्रदयानन्द विशाल

ब्यास + गायक/ ह्रदयानन्द विशाल

ए दुनू जाना मे अंतर होला

जे कथा कहानी गावेला
उ ब्यास गिनती मे आवेला
जे खाली गाना गावेला
सभे गायक ओके बतावेला

हम मानतानी की कुछ ब्यास लो
दुदाला प्रोग्राम मे गारागारी क के
रात भर आपन प्रोग्राम जमावता

बाकी सब ब्यास एके जइसे ना होलें
जे रात भर खूब नीमन शुद्ध गावता
ओहु के रउवा सब गरियावतानी
ई एकदम गलत होता ई ठीक ना ह

आज भी नीमन कवि ब्यास लो
एक से एक धुरंधर बा लो उ सब
आजुवो निमानका परोसता

हम निहोरा करतानी रउवा सब से
की बाउर के संगे ए सरकार ओह
निमनको के मत नासीं

गलत ब्यास गायक लो के खुल के
हमहुँ बिरोध करतानी रउवो करीं

बाकी निमानका के नीमन कहीं
ओकर प्रचार प्रसार करीं सभे

Exit mobile version