• Home
  • Uncategorized
  • उड़ जा चिरई! – मुकुन्द मणि मिश्रा

उड़ जा चिरई! – मुकुन्द मणि मिश्रा

Image

उड़ जा चिरई! – मुकुन्द मणि मिश्रा

उड़ जा चिरई
दूर देश तू
अब ना अईह
टोला में,
गँऊआ हमर
भइल कसाई
मार पकइहें
घूरा में।

तिनका -तिनका
जोड़ बनवलू
अंडा दिहलू
खोंता में,
तहरा खोंता
आग लगा के
भइल ठहाका
टोला में।

कतनो रोवबू
लोर गिरइबू
दया ना मानव
चोला में ।।
उड़ जा चिरई
दूर देश तू
अब ना अइह
टोला में ।।’

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

उड़ जा चिरई! – मुकुन्द मणि मिश्रा - भोजपुरी मंथन