भोजपुरी मंथन

इनरा मरि गइल / केशव मोहन पाण्डेय

Ink pot, quill and antique books

इनरा मरि गइल / केशव मोहन पाण्डेय

कहीं होत होई नादानी
बाकिर
हमरा गाँवे तऽ
इनरा के पानी
सभे पीये
सबके असरा पुरावे इनरा
तबो मरि गइल
ईऽ परमार्थ के पुरस्कार
काऽ भइल?
समय के साथे
लोग हुँसियार हो गइल
इनरा के पानी
बेमारी के घर लागे लागल
लोग रोग-निरोग के बारे में
जागे लागल।
लोग जागे लागल
आ इनरा भराए लागल
लइका-सेयान
सभे कुछ-कुछ रोज डाले
इनरा के सफाई के बात
सभे टाले,
अब इनरा के साँस अफनाए लागल
लोग ताली बजावे लागल
कि अब केहू बेमार ना होई।
आज हाहाकार बा पानी खातिर
बात बुझाता अब
कि आम कहाँ से मिली
जब रास्ता रुन्हे खातिर
लोग बबूल बोई।

Exit mobile version