भोजपुरी मंथन

जिनगी रोटी ना हs / केशव मोहन पाण्डेय

जिनगी रोटी ना हs / केशव मोहन पाण्डेय

जिनगी
खाली तइयार रोटी ना हऽ
पानी हऽ
पिसान हऽ
रात के अन्हरिया पर
टहकत बिहान हऽ
कुदारी के बेंट पर
ठेहा लागल हाथ हऽ
कोड़ झोर कइला पर
सगरो बनत बात हऽ
बैलन के जोत हऽ
हर हऽ
पालो हऽ
इहे रीत चलेला
अथक सालो-सालो हऽ
जे दुर्गुण के चेखुर
नोच-नोच फेंकेला
शीत-घाम-बरखा में
अपना देहिया के सेंकेला
ज्ञान-संस्कार के
खाद-पानी डालेला
निरख-निरख गेंहुआ के
जान के जोगे पालेला
बनरी आ मोंथा के
जामहूँ ना देला जे
नेह के पानी सींच-सींच
गलावे सगरो ढेला जे
ऊहे मधु-मिसरी
रोटिया में पावेला
इस्सर-दलिद्दर के
सबके ऊ भावेला
ऊहे बुझेला असली
मन-से-मन के भाषा का,
ऊहे बुझेला असल में
जिनगी के परिभाषा का?
त खेतवा बचाईं,
बचाईं किसान के
नाहीं तऽ,
हहरे के परीऽ सबके
एक चिटुकी पिसान के।

Exit mobile version